मंगलवार, 19 फ़रवरी 2019

संत रवि दास जयंती पर विशेष(कविता/गीत)

संत रवि दास जयंती पर विशेष(कविता/गीत)


लाल बिहारी लाल

माघ महीना रहे ,पूर्णिमा के दिन
अइले रैदास एतवरवे के दिन
चौदह सौ तैंतींस रहे शुभ उ दिन
धन –धन धऱती भइली पाके नामचीन
माघ महीना रहे.....

जात-पात ,भेद-भाव से रहले उ दूर
कल्याण करे से उ भइले मशहूर
समय से करस काम ,खातिर होखे खूब
कबीर के गुरू बना के,कइले अजब खूब
कठौती में गंगा ,ले अइले  एक दिन
माघ  महीना रहे..........

मीरा बाई देत रहली , गुरू के जइसन मान
धीरे-धीरे बढल उनकर, दुनिया मेम सम्मान
लाल बिहारी लाल केतना करस अब  बखान
दिलीप कुशवाहा नीत-नीत  आवेले उ गान
माघ महीना रहे.......


लाल बिहारी लाल,नई दिल्ली-44
फोन - 7042663073

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें