शुक्रवार, 30 सितंबर 2016

भोजपुरी गीत –आइल रहस गांधी जी..........

भोजपुरी गीत –गाँधी जी पर
        
*लाल बिहारी लाल

आइल रहस गांधी जी भारत में संत बन के
उनके परिश्रम से मुक्ति मिलल गोरन से

विगुल बाजल आजादी के सहर आ गांवे-गांव
केतना देले कुरबानी भइल भारत में नाव
अइसन महात्मा से अंगरेज भी डर गइले   
आइल रहस गांधी जी ............. 

केतना गो नर नारी,गांधी के साथे अइले
क्रांति के मसाल के अहिंसा से जलइले
सदी में जे ना भइल, बरिस में करी गइले
आइल रहस गांधी जी ............. 


चौरा-चौरा के घटना चाहे हो दांडी मार्च
लंदन में गोलमेज हो चाहे बिहार मार्च
सबका हीरो गांधी जी देखत-देखत हो गइले
आइल रहस गांधी जी .............

बटवले हाथ गांधी जी के नेहरु आउर सुभास
भगत आउऱ चंदशेखर से बढ़ गइल विस्वास
देखत देखत पटेल गांधी के संगे अइले
आइल रहस गांधी जी .............

करो मरो के नारा , अंगरेजों भारत छोड़ों
भइल गदर क्रांति लड़ो अब मुँह ना मोड़ों
लाल बिहारी लाल कहेले ई बात तन-तन के
आइल रहस गांधी जी .............
सचिव-लाल कला मंच,नई दिल्ली-44
lalkalamunch@rediffmail.com

लेखक-परिचय
लाल बिहारी गुप्ता उर्फ लाल के बिहार के छपरा जिला में जन्में पिछले तीन दशक से हिन्दी एवं भोजपुरी में सतत लेखन। पसंदीदा विषय समाजिक मुद्दे पर्यावऱण एवं श्रृंगार देश के कई पत्र-पत्रिकाओं में  सैकड़ो कविता प्रकाशित। 5 पुस्तको का संपादन कर चुके है। देश के विभिन्न संगीत कंपनियो हेतु 60 कैसेट 12 वी.सी.डी. के तहत 100 से ज्यादा गीत बजार में जिनमें टी.सीरीज, एच,एम.वी.,वीनस सहित अन्य कंपनियाँ शामिल है से।इनकी भोजपुरी कविता क्रांति बी.आर. अंबेडकर विहार विश्वविद्यालय,मुजफ्फरपुर के स्नातक एवं नालंदा ओपेन विश्वविद्यालय   (बिहार) पाठ्यक्रम में शामिल है। वर्तमान में लाल कला मंच,बदरपुर,नई 







कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें