सोमवार, 4 अप्रैल 2016

भोजपुरी गीत-तिरंगा

भोजपुरी गीत-तिरंगा

          गीत –लाल बिहारी लाल*



झूके ना देब अब तिरंगा के शान
लेवे या देवे परे केतनों के जान
झूके ना देब अब तिरंगा के शान



त्याग तपस्या के ई अजब कहानी बा
आन बान शान के ई परम निशानी बा
जनता जनारदन की ई हे बा पहचान
झूके ना देब अब तिरंगा के शान


सहब ना अब हम पड़ोसी के नाखरा
होय ना देब आपन माटी के बाखरा
हमके त बा ई देश पर गुमान
झूके ना देब अब तिरंगा के शान


गिदर के भभकी अब काम ना आई
मुँह में राम बगल में छूरी चल ना पाई
ईंट के पत्थर से होई समाधान
झूके ना देब अब तिरंगा के शान

शहीदों के शत-शत नमन हमार वा
आजादी के पावन ई परब-त्योहार बा
लाल न्योछावर करी आपन जान

*सचिव लाल कला मंच,नई दिल्ली-44
फोन-09868163073या 7042663073




कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें