गुरुवार, 30 जुलाई 2020

राखी पर लाल बिहारी लाल के गीत



भोजपुरी    गीत 

राखी गीत – जुग-जुग जीय भईया

गीतकार-  लाल  बिहारी  लाल 

राखी  के  डोर  में  बहिना   के  प्यार बा
रहिह  सलामत  भईया, दुआ ई हमार  बा
राखी  को  डोर भईया......

पापा  के आंगन  में, ममता  के  छईंया
हर एक जन्म में मिलिह, तू ही त भईया
तोहरे से जूड़ल सारा)2 नेहिया के तार बा
राखी  को  डोर भईया......

चाँन लेखा चम-चम चमक, छुअ तू आकाश के
भाई  बहिन  के रिश्ता, जीवन  से  सांस  के
घन–धन विधाता तोहर)2  बाड़ा  उपकार  बा
राखी  को  डोर भईया......

राखी के बंधन भईया, होला ई अनमोल  हो
दुनिया  कहेला एकर, राख भईया मोल  हो
भईया लाल  बिहारी के)2 रिश्ता उपहार बा
राखी  को  डोर भईया......


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें